होखी सहईया हे छठी मईया लिरिक्स | Hokhi Sahaiya Hey Chhathi Maiya Lyrics

Hokhi Sahaiya Hey Chhathi Maiya Lyrics

होखी सहईया हे छठी मईया लिरिक्स


बोल बोल छठी मईया की जय !

जय जय छठी माँ !
जय जय छठी माँ !

जय छठी मईया !
पहिले पहिल परब हम करतानी
जईसे बुझाता ओईसे कोशी भरतानी
पहिले पहिल परब हम करतानी
जईसे बुझाता ओईसे कोशी भरतानी
तs माफ करी अब गलती मोर
होखी सहईया भोरे भोर ऐ मईया हो
कहे तिवईया हाथ जोड़
होखी सहईया भोरे भोर ऐ मईया हो !
कहे तिवईया हाथ जोड़ !!

जय छठी मईया !

रउरे सहारे बरती बरत कईले बाड़ी जी
तीन दिन से ना देखी कुछऊ खईले बाड़ी जी
कईसे होला परब अरघ विधि कुछ ना जानी
कृपा करी छठी मईया मने मन डरतानी
खोईछा भरेली मंगिया बहोर
होखी सहईया भोरे भोर ऐ मईया हो
कहे तिवईया हाथ जोड़
होखी सहईया भोरे भोर ऐ मईया हो !
कहे तिवईया हाथ जोड़ !!

जे भी राउर पूजन करे भागे दुःख बलईया
जब जब संकट पड़े मईया होखी ला सहईया
निके निके कोशी भर के दर्शन कर के जाईब
अगिला साले बरत करे फेरु घाटे आईब
करे विनती पवन कर जोर
होखी सहईया भोरे भोर ऐ मईया हो
कहे तिवईया हाथ जोड़
होखी सहईया भोरे भोर ऐ मईया हो !
कहे तिवईया हाथ जोड़ !!

जय छठी मईया !


Previous Post Next Post